Breaking News

Today Click 113

Total Click 5085384

Date 21-11-17

दलित के आरक्षण खाती मरते दम तक लड़ाई लड़ब: श्याम रजक

By Khabarduniya :13-11-2017 06:33


आरक्षण के मुद्दा प आपन अलग राय राखे वाला बिहार के पूर्व मंत्री अवुरी जदयू नेता श्याम रजक कहले कि उ दलित के आरक्षण खाती मरते दम तक लड़ाई लड़ीहें। उ कहले कि एकरा खाती चाहे उनुकर हत्या ही काहे ना करवा दिहल जाए।

श्याम रजक कहले कि सरकार के दलित खाती आरक्षण तय करे के चाही। आरक्षण के मुद्दा से जुड़ल केंद्र सरकार के सोचे के चाही अवुरी कानून बना के लागू करे के चाही। विधायक कहले कि निजी संस्थान में भी आरक्षण लागू करे के चाही। केंद्र सरकार के एकरा खाती संविधान बनावे ताकि दलित के विकास होखे सके। दलित के हालात में सुधार जरूरी बा अवुरी एकरा खाती हमनी के कमर कस लेले बानी।

उ कहले कि देश के आजादी के 70 साल के बादो दलित के हालात दिनों प दिन खराब होखत जाता अवुरी कवनों सरकार कुछूओ नईखे करत। अयीसना में केंद्र के एनडीए सरकार के जिम्मेवारी बनता कि उ दलित के हालात में सुधार खाती कदम उठावे अवुरी एकरा खाती सिर्फ बात करे से काम ना चली, बालुक काम करे के परी।

Source:Agency

Sensex